भोजपुरी न्यूज: तेजप्रताप के सास पहुंचली आपन समधियाना, राबड़ी से जनली दामाद की खबर

 भोजपुरी न्यूज: तेजप्रताप के सास पहुंचली आपन समधियाना, राबड़ी से जनली दामाद की खबर

तेजप्रताप के सास आपन समधियाना पहुंचली. आपन समधिन राबड़ी देवी से मिलके तेजप्रताप के खोज-खबर जनली. खूब देर रहला के बाद ऐश्वर्या के माई पूर्णिमा राय जब राबड़ी के घर से बाहर निकलली त बड़ा उदास देखाई पड़ली. तेजप्रताप जब से आपन दुल्हिन के तलाक के अर्जी डलेले बारें, तब से लालू से लेके चंद्रिका राय के परिवार में भूचाल आ गइल बा. सभहन के दिमाग घूम गइल बा.तेजप्रताप के घर से गैला 2 हफ्ता हो गइल बा लेकिन तेजप्रताप अबही तक अपना घरे लौटके ना अइले हं. दूनू परिवार तेजप्रताप के मनावे में लागल बा लेकिन तेजू बारें कि केहू के बात समझे के तैयारे नइखन. हरेक ओरवा एके चर्चा बा तेजप्रताप कब घरे अइहें आउर आपन कनिया के फेरो से अपना लीहिएं.